Monday, June 29, 2009

जुबान के जादुगर : ~नटवरलाल~

ताजमहल बेचे के भी कर देत रहलन वादा


"वो झुठ भी बोलता था बडे सलीके के साथ, मैँ ऐतबार न करता तो और क्या करता"

ई शेर के अगर केहु सही मायने मे जियलख त,उ रहलन बिहार के सिबान जिला के जिरादेइ गाँव मे जनमल मिथलेश कुमार श्रीवास्तव उर्फ नटवरलाल । कहल जाला कि उनकर बात करे के अँदाज एतना सम्मोहक रहे कि झुठ भी साच लागे लागत रहे । खुद ई बात के नटवरलाल एक बार भरल अदालत मे स्वीकारते हूए कहलन कि हमार बात करे के शैली एतना असरदार बा की अगर जज साहब हमरा से दस मिनट बतिया लिहि त उहा के वही फैसला देब जवन हम कहब । हिन्दुस्तानी ठग बिरादरी मे नटवरलाल का नाम बडे तहजीब के साथ लेवल जाला ...........

नटवरलाल के बारे मे अउरी बतकही कुछ देर मे........

Thursday, June 18, 2009

भोजपुरी पुराण

भोजपुरी एगो क्षेत्रिय भाषा ह जवन कि उतर मध्य अउरी पुर्वी भारत मे बोलल जाला । इ भाषा बिहार के पश्चिमी , झारखंड के उतर- पश्चिमी , उतर प्रदेश के पुर्वी भाग मे बोलल जाला । विदेश मे एकर विस्तार नेपाल , फिजी , गुयाना , त्रिनिदाद , सुरीनाम , माँरिशस तक बा ।

The bhojpuri language is part of eastern hindi which once expended from Assam, bengal from Banaras. while the rest of Bihar and U.P slowly adopted the new Hindi standard, the language remained strong in areas between Patna and Banaras. Bhojpuri shares vocabularly with Sanskrit,Hindi, urdu, and other indo-aryan languages.



भोजपुरी हस्ती :-
The scholar Mahapandit Rahul sanskrityayan had written some works in Bhojpuri. some other notable Bhojpuri personalities are legendary freedom fighter Swami sahajanand saraswati, Dr. Rajendra prasad, fromer pm Lal bahadur shastri, Chandrashekhar, Bihar kokila padamshri sharda sinha, Manoj bhajpai...

अउरी बतकही तनी देर के बाद............

Wednesday, June 17, 2009

आपन बोली, आपन बात

**भोजपुरी - एगो मीठ एहसास **

विश्व के एगो मीठ जुबान के नाम ह भोजपुरी , प्रेम के बोली के नाम ह भोजपुरी , सच्चे दिलवालो के जुबान के नाम ह भोजपुरी , रिश्तो के पावन डोर के नाम ह भोजपुरी , देवर भउजी के पवित्र बोली के नाम ह भोजपुरी , अनेकता मे एकता के पहचान के नाम ह भोजपुरी , वीर कुअर सिँह के क्राँति के आवाज के नाम ह भोजपुरी , गंगा जईसन नि:छल जुबान के नाम ह भोजपुरी , बस हम एतना जानत बानि हमर जान ह भोजपुरी , पहचान ह भोजपुरी , जीवन जीए के आधार ह भोजपुरी ।
** जय भोजपुरी **