Friday, September 11, 2009

जिउतिया - माँ का प्यार

जिऊतिया - एगो अईसन पर्व के नाम ह , जवना मे माँ अपना बेटा के सलामती खातिर दिन भर उपवास रखेली अऊरी प्रार्थना करेली जा कि कि हमरा बेटा के रह हाल मे रक्षा करेम ।
आज पुरा बिहार मे इ पर्व मनावल जा रहल बा । आज के भोर मे ही दही चुडा परिवार के सभी लोग खालन लोग ।
जिऊतिया सिर्फ एगो पर्व ना ह ई माँ के प्यार ह ।
आज हम खुद अपना घर से दुर बानी त हमरा ई एहसास सता रहल बा । इक ईक बात याद आ रहल बा , एक दर्द हो रहल बा । आज हम ईहा पे इ लिख के अपना प्यारी मम्मी के समर्पित कर रहल बानी , अउरी शूक्रगुजार बानी हमरा के इतना अनमोल जीवन देवे खातिर , सँस्कार खातिर , पग पग पे हिम्मत देवे खातिर । माँ I LOVE U.
आखिर मेँ दो बुँद आँसु अउरी ढेर सारा फख्र के साथ कहे के चाहत बानी की -

हजारोँ ख्वाहिशे ऐसी कि हर ख्वाहिश पे दम निकले ,
बहुत निकले मेरे अरमाँ फिर कम निकले ।

1 comment: