Sunday, June 20, 2010

हमार प. चम्पारण

इहे पश्चिम चंपारण हवे बीरन के जन्मवले बा,
आजादी के महासमर मे ऊपरे नाम लिखवले बा ।
इहवा भईले विपिन प्रजापति भईले शेख गुलाब ,
गुलाब चन्द्र गुप्ता इहवा के बाबु शीतल राय ,
कमलनाथ कपिलदेव के अपने अंगना मे खेलवले बा ।
आजादी के महा........

राजकुमार शुक्ल गाँधीजी के इहवे ले के अइले ,
जोर जुल्म निलहा गोरन के संगे खुब खेलवले बा ,
बेतिया हजारीमल धर्मशाला उनका ठहरवले बा ,
आजादी के महा........

मनोज बाजपेयी प्रकाश झा बाँलीवुड मे धाक जमवले बा ,
शिक्षा जगत मे नाम कमवले बा ,
बिहार के हर शुभ काम के शुभारम्भ अपने भुमि से करवले बा ,
इहे भुमि सारा विश्व के सत्याग्रह के पाठ पठवले बा ।
आजादी के महा.......

No comments:

Post a Comment